मुख्य पन्ना

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

Facebook icon.svg फेसबुकTwitter.svg ट्विट्टर

विकिपीडिया पर स्वागत बा
एगो खुला ज्ञानकोश जहाँ केहू भी संपादन क सकत बा

13:40 यूटीसी, अतवार
6 जून 2021
7,532 लेख भोजपुरी में बाने

विकिपीडिया के बारे में
विकिपीडिया

आप एह समय विकिपीडिया के भोजपुरी संस्करण पर बानी। ई इंटरनेट आधारित एक ठो फ्री ज्ञानकोश हऽ। 15 जनवरी, 2001 के विकिपीडिया का सुरुआत जिम्मी वेल्स आ लैरी सैंगर द्वारा मिल के कइल गइल। अब एकर मलिकाई एक ठो गैर-लाभकारी संस्था 'विकिमीडिया फाउंडेशन' करत बा। विकिपीडिया पर वालंटियर लोग संपादन क के जानकारी बढ़ावे में योगदान करे ला। मई 2017 में कुल 285 भाषा में विकिपीडिया के प्रोजेक्ट चालू रहल; एकरे अंगरेजी संस्करण में 54 लाख+ लेख रहलें आ भोजपुरी संस्करण में 9,000+ लेख रहलें। जे केहू के भी इंटरनेट ले पहुँच बा ऊ विकिपीडिया पर लिख सकत बा।

आपो इहाँ मदद क सकत बानी!

  • लेख पढ़ीं: लेख पढ़ीं, दुसरा लोग के भी पढ़वाईं, ई केहू के भोजपुरी सीखे में भी मददगार हो सके लें।
  • लिखीं: बढ़ियाँ ज्ञानकोश के बिसेसता हवे सहज आ भरपूर जानकारी वाला लेख। सहज तरीका से बुझा जाए वाली भाषा में इहाँ जानकारी बढ़ावे खातिर लिखीं
बढ़ियाँ लेख
बनारस में गंगा

गंगा नदी भारत आ बांग्लादेस में बहे वाली, एशिया के एक ठो प्रमुख नदी हऽ। उत्तराखंड के गंगोत्री में हिमालय से निकल के बिसाल मैदानी इलाका में बहत आ कई अन्य बड़हन नदिन के पानी समेटत ई नदी बंगाल की खाड़ी में समुद्र में मिल जाले जहाँ कुल छोड़ल जाये वाला पानी के हिसाब से ई दुनिया के तीसरी सभसे बड़ नदी हवे। गंगा के मैदान भारत के बहुत उपजाऊ हिस्सा आ घन बसल इलाका हवे आ गंगा की तीर पर ऋषिकेश, हरिद्वार, कन्नौज, कानपुर, इलाहाबाद, बनारस, बलियाँ, पटना, कलकत्ता आ ढाका नियर कई ठे प्रमुख शहर बसल बाड़ें।

हिंदू धर्म में गंगा के देवी आ माई की रूप में पूजल जाला। गंगा में अस्नान से पुन्य मिले के मान्यता हऽ आ एकरे तीरे पबित्र तिथिन के मेला आ नहान लागे ला।

नदी के थाला पर्यावरण आ जीव जंतु खातिर भी महत्व वाला बा आ नदी में गंगा सूँस (डॉल्फिन) आ इरावदी सूँस नियर कई जलजीव आ मछरी पावल जालीं जे एह समय खतरा में बाड़ीं। गंगा के डेल्टा सुंदरबन भी पर्यावरण आ पारिस्थितिकी खातिर बहुत महत्व वाला हऽ। एकरे बावजूद, साल 2007 में आइल एगो रपट की मोताबिक ओह समय गंगा दुनिया के पाँचवी सभसे प्रदूषित नदी रहे। भारत सरकार एकरा प्रदूषण के कम करे खातिर गंगा कार्ययोजना चलवलस बाकी ई बहुत सफल ना भइल आ वर्तमान में भी एकरा खातिर कोसिस चालू बा।

समाचार में
सफ़ेद कपड़ा आ सफ़ेद दाढ़ी में एगो ब्यक्ति सोझा देखत
  • सुंदरलाल बहुगुणा (फोटो में देखावल), भारत के परसिद्ध पर्यावरणवादी आ गाँधीवादी एक्टिविस्ट आ पद्म विभूषण से सम्मानित, के कोविड-19 महामारी के चलते ऋषिकेश के एम्स में निधन भ गइल।
  • एक दिन के आँतर पर हिंदी सिनेमा के दू गो मशहूर फिलिम एक्टर इरफ़ान ख़ानऋषि कपूर के निधन भ गइल।
  • अगस्त 2019 में आइल रपट अनुसार अमेजन जंगल में आगि के घटना अबतकले के रिकार्ड सभसे बेसी संख्या में पहँच गइल बा; दुनिया में कुल बचल बरसाती बन सभ के लगभग आधा हिस्सा एही अमेजन जंगल में बाटे।
  • सितंबर 2018 में आइल चक्रवाती तूफ़ान - मैंगकूट टाइफून (2018) जे फिलिपींस से टकराइल, एह साल के अबतक ले के सभसे मजबूत तूफ़ान बा।
  • मई 2018 में, केरल राज्य में निपाह वाइरस इन्फेक्शन के फइलाव दर्ज कइल गइल, अबतक कई मौत हो चुकल बा, निपाह, हेनिपावाइरस जाति के वाइरस ह।
का आपके मालुम बा?
गुलाबी सदाबहार
विन्सेंट वान गॉग

विन्सेंट वान गॉग (30 मार्च 1853 – 29 जुलाई 1890) एगो डच पेंटर का कलाकार रहलें। पोस्ट-इम्प्रेशनिज्म के अगुवा लोगन में से एक, वान गॉग , पच्छिमी कला जगत में मॉडर्न आर्ट के नेंइ रखलें। लगभग एक दशक में ई 2,100 कलाकृति बनवलें जेह में 860 गो ऑयल पेंटिंग बाड़ी सन। कामर्शियल रूप से ई अपना जिनगी में बहुत सफल ना भइलें आ लोग इनके पागल आ बिफल ब्यक्ति माने। देखावल गइल पेंटिंग सितंबर 1889 में बनावल इनके ख़ुद के पोर्ट्रेट हवे जे आज के समय में पेरिस के म्यूजि दि'ओर्से म्यूजियम में रखल बाटे। ई शाइद इनके बनावल आखिरी सेल्फ़-पोर्ट्रेट हवे।

पेंटिंग: विन्सेंट वान गॉग

  • हाल में देखावल गइल:

विकिपीडिया के होस्ट एगो गैर-लाभकारी संस्था विकिमीडिया फाउंडेशन हवे, ई अइसने अउरी कई गो प्रोजेक्ट भी होस्ट करे ले:

विक्शनरी विकिस्रोत विकिकहनाम विकिताब विकिजतरा विकिन्यूज विकिवर्सिटी विकिप्रजाति विकिमीडिया कॉमंस विकिडेटा मेटा विकि
विक्शनरी विकिस्रोत विकिकहनाम विकिताब विकिजतरा विकिन्यूज विकिवर्सिटी विकिप्रजाति विकिमीडिया कॉमंस विकिडेटा मेटा विकि
एगो डिक्शनरी किसिम-किसिम के मूल डाकुमेंट महान लोग के कहनाम पाठमाला आ बेसिक किताब पर्यटन आ जतरा गाइड समाचार आ हाल के घटना ढेर खा पढ़ाई के संसाधन जिया-जंतु के प्रजाति जानकारी जहाँ फ्री मीडिया रखल जाला एक ठो बिसाल डेटाबेस विकिमीडिया प्रोजेक्टन  के कोऑर्डिनेशन