विकिपीडियाइंटरनेट आधारित एक मुक्त ज्ञानकोश परियोजना ह। ई विकि के रुप मेँ बा, यानी एगो अइसन वेब पन्ना जे सभन लोग के संपादन करे के छूट देवेला। विकिपीडिया शब्द विकि (एगो कंप्यूटर भाषा) अउर इनसाइक्लोपीडिया (ज्ञानकोश) शब्दन के मिला के बनल बा। विकिपीडिया एगो बहुभाषीय प्रोजेक्ट ह, अउर स्वयंसेवकन के सहकार से निर्मित बा, जेहु के भी इंटरनेट तक पहुँच बा ऊ विकिपीडिया पर लिख सकत बा अउर लेखवन के संपादन कर सकत बा। विकिपीडिया के मुख्य सर्वर टैम्पा, फ्लोरीडा में बा, अतिरिक्त सर्वर एम्सटर्डम अउर सियोल में बा।
निपुण लोगन द्वारा बनावल गइल ज्ञानकोश न्यूपीडिया के पूरक के रूप में २९ जनवरी, २००१ मेँ ई का शुरुआत भइल। अब ई विकिमीडिया फाउन्डेशन द्वारा संचालित बा जे एक ठो गैर-लाभकारी संस्था ह। 2006 के मध्य में ई मेँ 46 लाख से भी ज्यादा लेख रहल, खाली अंग्रेज़ी भाषा में ही 12 लाख से भी ज्यादा लेख रहल। ई 200 से भी ज्यादा भषवन में बा, जे मेँ से 15 भषवन में 50 हज़ार से भी ज्यादा लेख बा।
इलाहाबादभारत देश की उत्तर प्रदेश राज्य में गंगा, यमुना अउरी पौराणिक सरस्वती की संगम पर बसल एगो दसलाखी शहर बा आ ई इलाहाबाद जिला क मुख्यालय हउए। एकर प्राचीन नाँव प्रयाग हवे आ ई हिंदू धर्म क एगो बहुत महत्वपूर्ण तीरथ अस्थान हवे। हर बारिस इहाँ माघ की महीना में माघ मेला लागेला आ हर बारहवाँ बारिस कुंभ मेला आ हर कुंभ की छह साल बाद अर्धकुंभ मेला लागेला। कुंभ मेला विश्व क सबसे बड़हन मेला हवे।
इलाहाबाद में इलाहाबाद विश्वविद्यालय एगो विश्वप्रसिद्द इन्वरसिटी बा जेवन ए शहर के शिक्षा की क्षेत्र में बहुते ऊँच अस्थान दिहले बा। इलाहाबाद विश्वविद्यालय के 'पूरुब क आक्सफोर्ड' कहल जाला। एकरी आलावा इहँवा इलाहाबाद हाइकोर्ट बा जेवन उत्तर प्रदेश के हाइकोर्ट हवे। ए॰ जी॰ आफिस आ मिलिट्री पेंशन के आफिस भी इहाँ बा जेवना से ए शहर क महत्व बढ़ी जाला।
... कि नोहकलिकाई भारत के सबसे ऊँच झरना (सिंगल ड्रॉप, ऊँचाई ३४० मीटर) बाटे, जवन पूर्ब खासी पहाड़ी पर चेरापूंजी के लगे बा।
...कि दुनिया के सभसे भारी उड़ सके वाली चिरई सभ में शामिल गोडावण चिरई, जवन एह समय आइ॰यू॰सी॰एन॰ के लाल सूची में चिंताजनक रूप से खतरा में प्रजाति घोषित कइल गइल बा, कबो भारत के राष्ट्रीय पक्षी बने के दावेदार रहल।
...कि कंबोडिया में मौजूद अंकोर वाट, एगो बिष्णु के समर्पित मंदिर, बिस्व के सभसे बड़ धार्मिक अस्थान बाटे; ई करीब १६० हेक्टेयर क्षेत्र में बिस्तार लिहले बाटे।
...कि बिहिरी, बाज के एगो प्रजाति हवे, जवन दुनिया के सभसे तेज जानवर हवे। शिकार पकड़े के समय गोता लगावत घरी एकर रफ़्तार ३२० किलोमीटर/घंटा से ढेर होले।
डोनाल्ड ट्रंप(फोटो में देखावल) अमेरिका के राष्ट्रपति चुनाव में हिलेरी क्लिंटन के हरा दिहलें आ जनवरी २०१७ में अमेरिका के ४५वाँ राष्ट्रपति के पदभार सम्हरिहें।
सोलर इंपल्स 2न्यूयॉर्क से उड़ान भरलस आ आपन अटलांटिक पार उड़ान के सुरुआत कइलस आ ७१ घंटा के उड़ान के बाद स्पेन के सेविल हवाई अड्डा पर उतर के पहिली अइसन उड़ान पूरा कइलस।
८ जून के बिस्व समुंदर दिवस दिवस मनावल जात बा। ई यूनाइटेड नेशंस से 2008 में मान्यता मिलले के बाद आठवाँ बिस्व समुंदर दिवस बा।
इवान गोरेमकिन (१८३९–१९१७) रूस के परधान मंत्री रहलें जब पहिला बिस्व जुद्ध भइल। गोरेमकिन एह पद पर मई से जुलाई १९०६ ले आ दुबारा १९१४ से १९१६ ले रहलें। दुन्नों कार्यकाल में उनके परभाव पर दूमा के हस्तक्षेप आ नियंत्रण रहल। अक्टूबर क्रांति के बाद उनके ज़ार सरकार के आदमी मान के भीड़ के लोग हत्या क दिहल।
फोटोग्राफर: नामालूम; फोटो रिस्टोरेशन: Adam Cuerden