विकिपीडिया सभे विषयन पर प्रामाणिक अउर उपयोगी ज्ञानकोश बनावे खातिर एगो बहुभाषिक (बिभिन्न भाषा में उपलब्ध) प्रकल्प ह। इ सम्भावित रुप से निष्पक्ष दृष्टिकोण वाली सूचना प्रसारित करे खातिर संकल्पकृत बाटे। सबसे पहिले अंग्रेज़ी विकिपीडिया जनवरी 2001 में शुरू करल गईल, अउर भोजपुरी विकिपीडिया के भी शुरूआत अप्रिल 2007 में हो गईल। मदद पन्ना पर जाईं आ मदद खातिर देखीं। टेस्टपन्ना में प्रयोग करके देखीं कि आप खुदे कउनो लेख के कइसे बदल सकत बानी। यदि कउनो सवाल बा त सवाल पन्ना पर आपन सवाल रखीं। चौपाल पर सलाह-मशवरा होखे।
विकिपीडियाइंटरनेट आधारित एक मुक्त ज्ञानकोश परियोजना ह। ई विकि के रुप मेँ बा, यानी एगो अइसन वेब पन्ना जे सभन लोग के संपादन करे के छूट देवेला। विकिपीडिया शब्द विकि (एगो कंप्यूटर भाषा) अउर इनसाइक्लोपीडिया (ज्ञानकोश) शब्दन के मिला के बनल बा। विकिपीडिया एगो बहुभाषीय प्रोजेक्ट ह, अउर स्वयंसेवकन के सहकार से निर्मित बा, जेहु के भी इंटरनेट तक पहुँच बा ऊ विकिपीडिया पर लिख सकत बा अउर लेखवन के संपादन कर सकत बा। विकिपीडिया के मुख्य सर्वर टैम्पा, फ्लोरीडा में बा, अतिरिक्त सर्वर एम्सटर्डम अउर सियोल में बा।
निपुण लोगन द्वारा बनावल गइल ज्ञानकोश न्यूपीडिया के पूरक के रूप में २९ जनवरी, २००१ मेँ ई का शुरुआत भइल। अब ई विकिमीडिया फाउन्डेशन द्वारा संचालित बा जे एक ठो गैर-लाभकारी संस्था ह। 2006 के मध्य में ई मेँ 46 लाख से भी ज्यादा लेख रहल, खाली अंग्रेज़ी भाषा में ही 12 लाख से भी ज्यादा लेख रहल। ई 200 से भी ज्यादा भषवन में बा, जे मेँ से 15 भषवन में 50 हज़ार से भी ज्यादा लेख बा।
इलाहाबादभारत देश की उत्तर प्रदेश राज्य में गंगा, यमुना अउरी पौराणिक सरस्वती की संगम पर बसल एगो दसलाखी शहर बा आ ई इलाहाबाद जिला क मुख्यालय हउए। एकर प्राचीन नाँव प्रयाग हवे आ ई हिंदू धर्म क एगो बहुत महत्वपूर्ण तीरथ अस्थान हवे। हर बारिस इहाँ माघ की महीना में माघ मेला लागेला आ हर बारहवाँ बारिस कुंभ मेला आ हर कुंभ की छह साल बाद अर्धकुंभ मेला लागेला। कुंभ मेला विश्व क सबसे बड़हन मेला हवे।
इलाहाबाद में इलाहाबाद विश्वविद्यालय एगो विश्वप्रसिद्द इन्वरसिटी बा जेवन ए शहर के शिक्षा की क्षेत्र में बहुते ऊँच अस्थान दिहले बा। इलाहाबाद विश्वविद्यालय के 'पूरुब क आक्सफोर्ड' कहल जाला। एकरी आलावा इहँवा इलाहाबाद हाइकोर्ट बा जेवन उत्तर प्रदेश के हाइकोर्ट हवे। ए॰ जी॰ आफिस आ मिलिट्री पेंशन के आफिस भी इहाँ बा जेवना से ए शहर क महत्व बढ़ी जाला।
... कि नोहकलिकाई भारत के सबसे ऊँच झरना (सिंगल ड्रॉप, ऊँचाई ३४० मीटर) बाटे, जवन पूर्ब खासी पहाड़ी पर चेरापूंजी के लगे बा।
...कि दुनिया के सभसे भारी उड़ सके वाली चिरई सभ में शामिल गोडावण चिरई, जवन एह समय आइ॰यू॰सी॰एन॰ के लाल सूची में चिंताजनक रूप से खतरा में प्रजाति घोषित कइल गइल बा, कबो भारत के राष्ट्रीय पक्षी बने के दावेदार रहल।
...कि कंबोडिया में मौजूद अंकोर वाट, एगो बिष्णु के समर्पित मंदिर, बिस्व के सभसे बड़ धार्मिक अस्थान बाटे; ई करीब १६० हेक्टेयर क्षेत्र में बिस्तार लिहले बाटे।
...कि बिहिरी, बाज के एगो प्रजाति हवे, जवन दुनिया के सभसे तेज जानवर हवे। शिकार पकड़े के समय गोता लगावत घरी एकर रफ़्तार ३२० किलोमीटर/घंटा से ढेर होले।
सोलर इंपल्स 2न्यूयॉर्क से उड़ान भरलस आ आपन अटलांटिक पार उड़ान के सुरुआत कइलस आ ७१ घंटा के उड़ान के बाद स्पेन के सेविल हवाई अड्डा पर उतर के पहिली अइसन उड़ान पूरा कइलस।
८ जून के बिस्व समुंदर दिवस दिवस मनावल जात बा। ई यूनाइटेड नेशंस से 2008 में मान्यता मिलले के बाद आठवाँ बिस्व समुंदर दिवस बा।
स्विट्जरलैंड में आल्प्स पर्वत के नीचे से होके गुजरे वाली दुनिया के सबसे लंबी आ गहिरी यातायात सुरंग गोटहर्ड बेस सुरंग आवागमन खातिर १ जून से खुल गइल।
वीसेन वियाडक्ट एक ठो एक पटरी वाला रेलवे वियाडक्ट (कंक्रीट के बनल बड़ा-बड़ा ब्लाक आ पत्थर से बनल) पुल बाटे। ई, स्विट्जरलैंड के वीसेन नाँव से गाँव के लगे मौजूद बा आ १९०६ से १९०९ के बीच बनावल गइल रहल। आज भी एह पर रेलगाड़ी चले ले। एकर डिजाइन हेनिंग फ्रेडरिक के रहल अ प्रमुख बात ई बाटे कि ई पुल ८८.९ मीटर ऊँच आ २१० मीटर लंबा बा जेह में मुख्य बिस्तार वाला हिस्सा ५५ मीटर के बाटे। अर्नस्ट लुडविग किर्चनर के १९२६ में बनावल पेंटिंग Brücke bei Wiesen एही से प्रभावित रहल।